Followers

Wednesday 20 March 2019

होली के रंग में मिर्ज़ापुर के जैंटलमैन

बुरा न मानो होली है

होली के रंग में मिर्ज़ापुर के जैंटलमैन






रंग बरसेss मैडम  दुआर , बुआ-भतीजा तरसे ...
******************************

मिर्चपुर। ऐसी मारी पिचकारी सबकी डूबी लुटिया..रंग बरसे मैडम दुआर , रंग बरसे...
इहा सेंटर मनिस्टर अनुपिया के भरहुरा वाले पार्टी दफ्तरवा में चुनावी होली शुरु होई गवा बा । माननीय दम्पति क जुगलबंदी देखे बदे जवनकन से लइके बुढ़वन तक अगवाड़ - पिछवाड़ एक किये हयन । लहर नापे वाली मशीन बतावत बा की  "अनुप्रिया विकास ब्रांड"  चाय अऊरो मोदी क गुड़हवा जेलबी इ मीरजापुरियन की जीभ पर लासा की तरह लगल बा।अबही इ पता नही बा की चींटा लगी की मक्खी। तउनो पर मटक चटक के साथ आपन चेहरा देखाई की गुणावली गाने वालन क चउचक भीड़ जुटल बा । अउर एक बात इ बा की इहा क मलिकार आशीष फ़टेल का इंजीनियरिंग पावर देख बड़कन क सोशल इंजीनियरिंग फेल बा। इहे टीम में बुढ़ऊ चचा रमाकांत फटेल , मिनिस्टर क मीडिया  सलाहकार रामकुमार विश्वासकर्मा उऊरो नितिन विश्वासी, स्टोर कीपर संजय फटेल क रंग चोख बा।  मिनिस्टर साहिबा विकास का रंग गुलाल लेकर अपने बड़का भाई सांसद रामशकल अउरो छनवर क दुलरुआ विधायक राहुल परकाश कउल संग होली खेले निकले बाटिन। इहा उत्सव भवन में मोदनवाल बिरादरी क छुटका चउदली घनश्याम हेलुआई शोर मचायल बायन ' होरी खेलब मोदी संग यार ,
बलम तरसे मैडम कs रंग बरसे.. ।
मत खिसियाओ बबुआ हमार,
बुआ- भतीजा दुनो तरसे, वोट बरसे।
-------------
भोंपू हमार बरियार बा..
**********
मिर्चपुर। भोंपू हमार बरियार बा, नाम मोदी ब्रांड बा। सर्जिकल स्ट्राइक क बहार बा , अऊर मोदी के पार्टी क पो पो  बा। इहे शोरगुल में बुआ- भतीजे, बबुआ क दुलरिया बहिन क मसखरी गुम बा । काहे कि देश भर क पब्लिक " हई वाला ले " कह इन बड़कन नेतवन क एफ-16 की तरह लखेदत मारत बा। भगवा खोंस पलंग तोड़ तांडव जनता करत बा ।  हाल इ बा अपने जिला क कि कउनो भड़ैती विपक्षी दलन क खोंकी बंद नहीं कर पावत बा । अउरो सुना इ मोदी बैंड पार्टी इन बड़कन विपक्षी नेतवन का इ कह के परिहास करत बा कि जाओ- जाओ - जाओ किसी वैद्य की बुलाओ , तू है सत्तालोभी,मोदी- जोगी को बुलाओ...।  इ बैंड पार्टी क दो गो बड़का सरदार रत्नाकर मिसरी अउर रमाशंकर फटेल त हयन साथ में बिजिनेस मैन बंधु विश्वनाथ और बंशीधर अग्रवालिन भी झुमका गिरा रे, मोदी के बाजार में गा ठुमका लगावत हइन। संग में इ नचनिया बैंड पार्टी के थियेटर क मलिकार नीरज अगरवाल अउरो राही होटुल क गोकुल चंद्रांशु गो यल भी दुई  ढोलची भाई ज्ञानचनदर और सतीश अगरवाल  के साथ लइके पिछवाड़े से जोगीरा सा रा रा.. मोदी मारे पिचकारी का  चिल्ल- पों मचावत सबके मोदी रंग से तराबोर करइ में लगा हयेन । भयवा अब देखा रंग चढ़त बा की बुखार।
--------------

सरकार  केहू क होखे , हमके कहाँ बिसराम बा..
****************************

कविपुरम । "भइया ई इलेक्शन बा, जगाऊँ ब और ढकेलब हमार काम बा। अउर इलेक्शन बाद सलेक्शन  केहू क होई , हमके कहां बिसराम बा। काहे से कि हमार नम वईं डा0 विश्राम बा,ई समय प्रतापगढ़ हमार ठेकान बा "
   ....बलिया के कलक्टर से उत्कृष्ट सेवा सम्मान से जगमग अपने साहब का भौकाल सगरो टाइट बा। उ गाना बा न कि मोरे लचके ला कलमिया, त काशी , बलिया हिले ला। अपने इ मीरजापुर में जब बिसराम साहब एसडीएम रहलन , त जेहर-जेहर खोंखलन वहर के बड़कन नेतवन के काली खांसी होगइल। नाहीं पतियात है, तो गवाह में  छोटू फटेल भइया सामने खड़ा हैन। अबकि होली में इहो डाक्टेर साहब का पलंग तोड़ प्रोग्राम बा। उहे अमरदीप भइया क नयका रिट्रीट होटल में उनकर पुरुषार्थ क सम्मान बा, जेकरे बिलुका में धीर प्रताप जायकेवाल, ठाकुर ज्ञान परताप जइसन  कइयो जेंटलमैन लोगन क कारोबार बा , इहे देख गैलेक्सी होटल क रजी मियां खिसियान बायन , काहे से की इ टीम उनकरे होटल का पुरान मेहमान बा। त भइया पलंग तोड़े पुरुषार्थ सम्मान समारोह में जाये से पहिले , पतली गली क रस्ता हेरे के पड़ी। अउरो सुनी रउवा विशिष्ट मेहमान  रसड़ा क दमदार विधायक  उमाशंकर ठाकुर जी क हाल इ  चुनाव में उभयलिंगी बा । काहे से कि उनकर कारखास सोनू ठाकुर के पास जोगी सरकार क एगो गुप्त पैगाम बा। ठकुरसुहाती त बोले के पड़ी, शिक्षकन क सरदार पदमदेव दुवेदी क इहे निक सलाह बा ।
----------------
छोटा बच्चा जान के हमको....
*********************

मिर्चपुर। पालिटिक्स प्लेटलेट्स केकर बढ़ल - घटल बा, इ कुल नापे कs हम लइ कनक नाही काम बा, काहे से की बउआ हमार नाम बा...।
इ इलेक्सन में गुलाब जामुन, मलाई - रबड़ी , राजभोग क बहार बा ,पर हमने क हाल " ठनठन गोपाल बा " ।  तरमाल चापे के ना ही केऊ जुगाड़ बा। वइसे मंत्री त हमहूँ रहली अखिलेश भैया के राज में,कइलाश चउलसिया नाम सरनाम रहल। लेकिन , पांच बरस पहीले मोदी के अखाड़े में ताल का ठोकली की हाल इहे हो गइल बा कि डाइपर बेबी कही- कही के संगी दोस्त हमने के लुलुआत बा।  लेकिन इ मनोज भयवा के का भयल कि अपनही सरकार में लंगोटी ढील बा। जबकि घंटाघर क सरताज हयन । लगत बा उहो केहु के बिल - बिलुक्का में उंगली किये हयन।  रउवा संतोष इहे बात क बा कि हमरे टीम में जवाहर मोरिया, अब्दुल्लाह भाई  , सिद्धनाथ ठाकुर, आशीष गुझिया , मनोज खंड लवाल, संदीप गुप्त जइसन  धुरंधरों छुछुआत हैन । इ किस्मत क खेल बा, वइसे हमनी के अबकि जनता क  दुलरुआ बने के बा। जिन मिले रबड़ी- मलाई, इहे दुधवा पी कर हमनियों मोटात हई। उ गनवा बा न कि छोटा बच्चा जान के न कोई आंख दिखाना रे।  डुबी डुबी डब डब। अकल का कच्चा जानके हमको न समझाना रे...।

4 comments:

  1. शुभकामनाएं होली पर।

    ReplyDelete
  2. आपकी इस प्रविष्टि् के लिंक की चर्चा कल शुक्रवार (22-03-2019) को "होली तो होली हुई" (चर्चा अंक-3282) पर भी होगी।
    --
    चर्चा मंच पर पूरी पोस्ट नहीं दी जाती है बल्कि आपकी पोस्ट का लिंक या लिंक के साथ पोस्ट का महत्वपूर्ण अंश दिया जाता है।
    जिससे कि पाठक उत्सुकता के साथ आपके ब्लॉग पर आपकी पूरी पोस्ट पढ़ने के लिए जाये।
    --
    होलिकोत्सव की हार्दिक शुभकामनाऔं के साथ-
    सादर...!
    डॉ.रूपचन्द्र शास्त्री 'मयंक'

    ReplyDelete
  3. क्या बात है शशि भाई -- आपके इस लेखन के रंग पर बहुत हीखुश हूँ हालाँकि ये लोक भाषा कुछ समझ आई तो कुछ न पर इसका रस छिपाए नहीं छिप रहा |लिखते रहिये | ये लेख व्याकुल पथिक की एक सुंदर स्नेहिल स्मित सरीखा है | हार्दिक शुभकामनायें |

    ReplyDelete
  4. जी दी वर्ष में सिर्फ एक बार इस तरह का लिखता हूँ और यह कार्टून भी ।

    ReplyDelete

yes